बड़ा दिन
नमस्कार!सब हालचाल ठीक बा न!
आजु २५दिसम्बर ह। आ ईसाई लोगन के सबसे बड़का तिहवार ह। जाड़ा त खूब पड़ता। एही जाड़ा में हर सालि ईतिहवार पड़ेला। बाक़ी असो के जाड़ा के बाति कुछु अउरू बा। अमेरिका आ रूस इतना बर्फबारी होता कि सौ साल केरिकार्ड टूटि गईल बा। दिन में खूब अछा घाम होता , पछुआ बेयारि बहतिया। राती के खूब ठिठुरन होता। ई असलीपूस के राति होता।
अग्रेजिहा लोग एके क्रिसमस के तिहवार कहेला बाकी भोजपुरिया लोग एके बड़ा दिन कहेला। पहिले हमनी का बड़ाफेर में रहींजा कि ई कईसे बड़ा दिन कहाला दीन खूब छोट होला बाक़ी कहाला बड़ा दिन। बाद में लोग बतावल किआजु से दिन तनी तनी बढ़ल शुरू होला एहिसे एके बड़ा दिन कहल जाला। एपर एगो बुझौवली भी रहे बाकी अबमन नईखे परत।
नीज एही समय हिन्दू लोग खरवास चाहे खरमास मनावेला। जौना महीना में कौनो नया कार ना कईल जाला। ईखरवास अंग्रेजी तारीख की हिसाब से चलेला। १५ दिसंबर से शुरू होके १४ जनवरी के "खिचड़ी" की तिहवार केख़तम होला। एही खरवास में अंग्रेजी के नया साल भी शुरू हो जाला। आ नवका कलेंडर आ डायरी खूब बिकाला। तमाम कम्पनी, बड़े आदमी, डायरी आ कलेंडर बांटेला। नोकरी करेवाला लोग बीमा जरूर करावेला। बीमा के एजेंटलोग डायरी आ कलेंडर जरूर देला। त एही खरवास में डायरी अवासे के परेला। त अब धीरे धीरे खरवास के परहेजटूटल जाता। नया नया तकनीक आ गईले से मौसम के प्रभाव के काट होत चलि जात बा।
जवना समय हिन्दू भाई लोग खवास मनावत रही ठीक ओही समय ईसाई भाई लोग के मसीहा यीशु के जन्मदिनमनावल जाई। त आज २५ दिसंबर के इ पूरा दुनिया में लोग एक दूसरे खूब शुभकामना के सनेसा दी। हमरा बुझाताकी विश्व बंधुत्व के बढ़ावे खातिर आज के दीन ठीक रही। ईहे सोचिके हम चाहत बानी कि पूरा पृथ्वी के सब चर,अचर, जड़ आ चेतन सभे सुखी रहे , आनंद मनावे। संस्कृत में कहल बा कि सब सुखी रहे ,सभे निरोग रहे , सब शुभदेखे , केहू का कौनो दुःख जनि होखे।
सबके हालचाल ठीक रहे!
नमस्कार।

No comments:
Post a Comment